Jump to content

कार्तिकेय (फिलिम)

विकिपीडिया से

कार्तिकेया २०१४ के भारतीय तेलुगु भाषा के मिस्ट्री थ्रिलर फिलिम बाटे जेकर लेखन आ निर्देशक चंदू मोंडेती कइले बाड़ें। एह फिलिम में निखिल सिद्धार्थ, स्वाति रेड्डी, तनिकेला भरनी, राव रमेश, आ जयप्रकाश प्रमुख भूमिका में बाड़न. एह फिलिम के निर्माण वेंकट श्रीनिवास मैग्नस सिने प्राइम बैनर पर कइले रहलें। शेकर चंद्र एह फिलिम के संगीत के रचना कइले रहलें जबकि कार्तिक घटमानेनी आ कार्तिक श्रीनिवास क्रमशः एकर सिनेमैटोग्राफर आ एडिटर रहलें। ई फिलिम सुब्रह्मण्यपुरम गाँव के एगो बंद कार्तिकेय मंदिर का इर्द गिर्द घूमत बा आ एहमें एगो जिज्ञासु मेडिको कार्तिक के जिनिगी देखावल गइल बा जे एह मंदिर का आसपास के रहस्य के जाँच करत बा.